आबादी रोज-रोज बढे लइकी कम पर होय देशहित ,समाज मे अजब ई संकट होय लाल कला मंच विश्व जनसंख्या दिवस पर जागरुकता आ काब्य गोष्ठी के आयोजन कइलक :- लाल बिहारी लाल नई दिल्ली दक्षिणी दिल्ली बदरपुर के मीठापुर चौक पर विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर लाल कला मंच के ओर से जागरुकता आ काब्य […]
आबादी रोज-रोज बढे लइकी कम पर होय देशहित ,समाज मे अजब ई संकट होय
लाल कला मंच विश्व जनसंख्या दिवस पर जागरुकता आ काब्य गोष्ठी के आयोजन कइलक :- लाल बिहारी लाल
नई दिल्ली
दक्षिणी दिल्ली बदरपुर के मीठापुर चौक पर विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर लाल कला मंच के ओर से जागरुकता आ काब्य गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। जेकर मुख्य उद्देश्य रहे जनसंख्या विस्फोट से होए वाला प्रभाव के कम करे के आ जनसंख्या के दर कइसे कम कइल जा सकेला एह पर चर्चा भइल । लाल कला मंच के अध्यक्ष सोनू गुप्ता अतिथि के गुलदस्ता भेट कइली।एह गोष्ठी के अध्यक्षता बरसमाजसेवी राजेन्द्र अग्रवाल कइले आ मुख्य अतिथि के रुप में बरसमाजसेवी का. जगदीश चंद्र शर्मा रहले।
एह कारिकरम के संचालन शिव प्रभाकर ओझा जी कइले। एह अवसर पर सब कवि आ वक्ता लोग विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर शपथ ले ले की तन मन कर्म आ बचन से आबादी कम करने के लिए परयास करेब जा ।
काब्य गोष्ठी के शुरुआत वरिष्ठ साहित्यकार जय प्रकाश गौतम के सरस्वती वंदना से शुरु भइल ,जे में दिल्ली आ एन.सी.आर के दर्जनों कवि लोग आपन-आपन कविता के जरिये जनसंख्या कम करे आ बेटी बचाव आ बेटी पढ़ाव के साथे-साथे वीर रस के कविता से देश के भ्रष्ट नेताओं पर व्यंग कसले आ देशभक्त अमर सपूत के नमन कइले ।उपस्थित कवि में डा.सत्य प्रकाश पाठक,डा.कृष्णानंद तिवारी, लाल बिहारी लाल कहले-आबादी रोज-रोज बढ़े लइकी पर कम होय दिशहित समाज में यह अजब ई संकट होय।।अमृता रानी,विनोद कुमार,शिव प्रभाकर ओझा,गिरि राज गिरीश,मा.कृपा शंकर, राजेन्द्र अग्रवाल, डा.के.के. तिवारी
,अशलम जावेद आदि भी आपन-आपन सुमधुर कविता से समा बांध दिहले। जेह करण पूरा सभागार तालियों की गड़गड़ाहट से गुंजत रहे। अंत में संस्था के अध्यक्ष सोनू गुप्ता सब आइल लोग के हार्दिक धन्यवाद दिहली।
Bhojpuri Media
( Bihar )
Mo.08084346817
09430858218
office :- 06212252458
Email :-ankitpiyush073@gmail.com.
bhojpurimedia62@gmail.com
Facebook :-https://www.facebook.com/bhojhpurimedia/?ref=aymt_homepage_panel
Twitter :- http://@bhojpurimedia62
Google+ https://plus.google.com/u/7/110748681324707373730
You Tube https://www.youtube.com/channel/UC8otkEHi1k9mv8KnU7Pbs7
Add Comment