21 फरवरी …. अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस … बंगलाभाषी लोग द्वारा आपन मातृभाषा से प्रेम आ ओकरा खातिर कुर्बानी दिहला के जज्बा के सम्मान करत आ संकट के दौर से गुजर रहल भाषा सब के संरक्षण आ संवर्धन के ओर दुनिया के ध्यान आकर्षित करे खातिर संयुक्त राष्ट्र साल 2000 से हर साल 21 फरवरी के […]
21 फरवरी …. अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस …
बंगलाभाषी लोग द्वारा आपन मातृभाषा से प्रेम आ ओकरा खातिर कुर्बानी दिहला के जज्बा के सम्मान करत आ संकट के दौर से गुजर रहल भाषा सब के संरक्षण आ संवर्धन के ओर दुनिया के ध्यान आकर्षित करे खातिर संयुक्त राष्ट्र साल 2000 से हर साल 21 फरवरी के दिन अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के रूप में मनउला के निश्चय कइलस । इ दिवस 1952 में ढाका विश्वविद्यालय के बाहर आपन भाषा के लड़ाई लड़त मारल गइल बलिदानी लोगन के विनम्र श्रद्धांजलि बा ।
भोजपुरी समाज दिल्ली 21 फरवरी, 2016 के दिन अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के अवसर पर आपन मातृभाषा भोजपुरी के दशा आ दिशा पर मंथन आ मनन करे खातिर रउवां सब के संलग्न कार्यक्रमानुसार सादर आमंत्रित करत बा ……. आईं आपन मातृभाषा के बारे में बात कइल जाव …..
Add Comment